शासन अउर प्रशासन के फिर याद गाँव के आइल बा ।
सबसे बड़का मुँहनोचवा ह फिर चुनाव में आइल बा ।
चालू भइल पलग्गी जबरी दूनो बेला गाँव में ।
पंडी जी भी मुर्गा बांटे घूम घूम के ताव में ।
लागे फिर से ओढ़ बिलरिया धूप छाँव में आइल बा ।
सबसे बड़का मुँहनोचवा ह फिर चुनाव में आइल बा ।
कहें सोमारू का हो चच्चा कइसन हव परिवार ।
ठर्रा देत के कहलन देखा करिहा जिन इनकार ।
बड़का बड़का स्टीमर अब छोट नाव में आइल बा ।
सबसे बड़का मुँहनोचवा ह फिर चुनाव में आइल बा ।
साँझ सबेरे जयरम्मी से काम चली न बात सुना ।
छत्तीस वोटर हमरे घरे मियन क उत्पात सुना ।
बेसी मुर्गा दारू खातिर अब्दुलवा भरुआइल बा ।
सबसे बड़का मुँहनोचवा ह फिर चुनाव में आइल बा ।
भयल चुनावी हल्ला सगरों मिल रहल हव गल्ला ।
बुलट लेके पहुँचल हउवे रामधनी क लल्ला ।
चर चर बिगहा वालन के भी तारू फिर चटकाइल बा ।
सबसे बड़का मुँहनोचवा ह फिर चुनाव में आइल बा ।
केकर केकर हाल बताईं सब के सब अझुराइल बा ।
मुँह फूलउलें मँगरू नाहीं उनकर सांख पुराइल बा ।
हम नेतन क दोष का दीं सब अपने में अफनाइल बा ।
सबसे बड़का मुँहनोचवा ह फिर चुनाव में आइल बा ।
चुनाव
Dhirendra Panchal
(C) All Rights Reserved. Poem Submitted on 10/29/2020
(1)
Poem topics: , Print This Poem , Rhyme Scheme
About चुनाव
चुनाव is a poem by Dhirendra Panchal. This page includes the poem text, poet information, related topics, comments, and similar poems.
Write your comment about चुनाव poem by Dhirendra Panchal
Best Poems of Dhirendra Panchal